मिथिलांचल के सुपर स्टार गायक संतोष राज के फिल्म "बदला" के भव्य मुहूर्त
-

हाल ही में मुंबई के जिप ट्रैक स्टूडियो में मिथिला मल्टी मीडिया फिल्म्स प्रा० लि० (नेपाल सरकार से मान्यता मिलल) क बैनर तले बने जात भोजपुरी फ़िल्म “बदला” के मुहूर्त भव्य रूप से कइल गइल. एह फिल्म से नेपाल आ मिथिलांचल के सुपर स्टार गायक आ अभिनेता संतोष राज के भोजपुरी सिनेमा में लांच कइल जात बा.

एक्शन, रोमांस आ पारिवारिक ड्रामा वाला एह फिल्म के “स्टार्ट टू फिनिश” शूटिंग नेपाल के खूबसूरत जगहन पर कइल जाई. फिल्म के सगरी गीत रिकार्ड करा लिहल गइल बा जवना के उदित नारायण, पामेला जैन, कल्पना, रेखा राव, इंदु सोनाली, मनोज मिश्रा, सुनील छैला बिहारी, मीनू अरोड़ा, मोहन राठौर, प्रियंका सिंह अउर राजेश पायल ‘राई’ (नेपाल के सुपर स्टार गायक) वगैरह गवले बाड़ें.

निर्माता अशोक सिन्हा, निर्देशक मनोज श्रीपति झा, प्रस्तुतकर्ता कलीम मंसूर आ विद्यालाल साहनी, विनय बिहारी,राजेश मिश्रा, आ अशोक सिन्हा, संगीतकार छोटे बाबा, कैमरामैन रविन्द्र बराल, नृत्य निर्देशक दिनेश ठाकुर आ साईमन, मारधाड़ निर्देशक रोशन हउवें.

मुख्य कलाकारन में संतोष राज, मोनालिसा, बालेश्वर सिंह, धर्मेन्द्र सिंह, राजाबाबू, राकेश रौनक, विनीता आ संजय पाण्डेय के नाम बा.


(अपना न्यूज के रपट)

0 Comments

Submit a Comment

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Recent Posts