‘मुखिया जी के बेटा से प्यार हो गइल’ के भव्य मुहूर्त
-

आम्रपाली फिल्म प्रोडक्शन के बैनर तले बने जात भोजपुरी फिल्म ‘मुखिया जी के बेटा से प्यार हो गइल’ के भव्य मुहूर्त पिछला दिने मुजफ्फरपुर (बिहार) के विजय लक्ष्मी पैलेस में करावल गइल. सुरंजन आर्ट इन्टरनेशल के प्रस्तुति एह फिल्म के निर्माता आर.एन. राय आ निर्देशक कुमार विकल हउवें. लेखक-निर्देशक आ प्रख़्यात पत्रकार रहल कुमार विकल ‘रखीहऽ लाज अंचरवा के’ जइसन सफल बहुचर्चित फिल्म, कुछेक सीरियल आ अनेके भोजुपरी-हरियाणवी एलबम दे चुकल बाड़ें. एह फिल्म के पटकथा आ संवादो कुमार विकल के लिखल बा जबकि कहानी लिखल ह रामजनम ‘अकेला’ के.

कलाकारन में प्रदीप उजाला, श्रीकनकनी, कलिका, डा. रणवीर, सतीश साहनी, कामिनी, अमन मधुवनिया, पप्पू, अभिमन्यु, अर्चना सिंह, पूजा राय, रवि रंगम, के.के. गोस्वामी, नारायन कबीर, रामजनम ‘अकेला’, सचिन कुमार वगैरह के नाम बा.

मुहुर्त का मौका पर मुख्य अतिथि रहलें राज्यसभा सांसद अनिल साहनी, आ मौजूद रहलें शौर्य चक्र विजेता सुखदेव प्रसाद साहनी, काहे बँसुरिया बजवलऽ के निर्माता प्रदेश कुमार सर्राफ, संगीतकार अशोक घायल, कलाकार के.के. गोस्वामी वगैरह.

फिल्म का बारे में बतावत कुमार विकल के कहना रहल कि आजु का समाज में कुछ मुखिया भठियारा हो गइल बाड़ें. एह फिल्म का जरिए ओह लोग के सुधारे के कोशिश कइल जात बा. लेखक-निर्देशक कुमार विकल के फिल्म ‘तोहरे से बिआह करब’ आ ‘काहे बांसुरिया बइवलऽ’ बनके तइयार बा आ ‘शिव गुरु महिमा’ बिहार में रिलीज होखे वाली बा. शिव गुरु महिमा ओही पावन भूमि तुर्की (कुढ़नी, मुजफ्फरपुर) में बनावल गइल बा जहवाँ शिवचर्चा के प्रवर्तक भाई हरेन्द्रानंद जी के दिव्य ज्ञान मिलल रहुवे.


(समरजीत के रपट)

0 Comments

Submit a Comment

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Recent Posts