रंगमंच से रुपहला परदा पर चंपारण के रोशन
-

Rakesh-Akshra-GangaKeLalवइसे त भोजपुरी फिल्म जगत में गायकन के बोलबाला बा. एहिजा गायक संगीत के दुनिया में नाम कमा के सीधे परदा प अवतरित हो जाले. इहे कारण बा कि भोजपुरी में अभिनय के महारथियन के गिनिती बहुते कम बा. ओही कमी के पूरा करे उतरल बाड़े बिहार के चंपारण के रोशन कुमार.

रोशन के पहिलका भोजपुरी फिलिम “गंगा के लाल काशी विश्वनाथ” के शूटिंग एह घरी जोर शोर से चलत बा. फिलिम में उनकर नायिका बाड़ी चर्चित अदाकारा अक्षरा सिंह.

रोशन के पहचान दिल्ली में अभिनय के मंडी कहाए वाला श्रीराम सेंटर आ एन एस डी के रंगमंच पर एगो उम्दा कलाकार के रहल बा. रोशन निर्देशक दिनेश खन्ना के “निलही कोठी”, सतीश आनंद के “हज़ार चौरासी की माँ”, कुमार गौरव के “असाढ़ का एक दिन” समेत अनेके नाटकन के सैकड़न बार मंचन कइले बाड़े.

चंपारण के केसरिया निवासी रोशन के बतौर मुख्य अभिनेता पहिलका फिलिम ह “गंगा के लाल काशी विश्वनाथ”. दुसरकी फिलिम अगिला महीना से शुरू होखे वाला बा.

“गंगा के लाल काशी विश्वनाथ” फिलिम नील कमल प्रोडक्शन के बैनर तले बनत बा. एकर निर्माता आर.एस.झा, निर्देशक तेजेश अखौरी, पटकथा-संवाद लेखक तेजेश अखौरी आ डी.के. बरनवाल, संगीतकार राजेश मिश्रा, दामोदर राव आ अमरेश शाहाबादी, गीतकार राजेश मिश्रा, कोरियोग्राफर राजू नायडू, ध्वनि दिलीप सावंत, एडीटर दीपक जऊल, आर्ट अंजनी तिवारी, कैमरामैन संजय पाठक अउर कार्यकारी निर्माता आर.पी. त्रिपाठी हउवें.

एह फिलिम मे रोशन कुमार आ अक्षरा सिंह के अलावा प्रतिभा पाण्डे, माया यादव, प्रकाश जैस, संजय पाण्डे मुख्य भूमिका में बाड़े.


(उदय भगत)

0 Comments

Submit a Comment

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Recent Posts