लखनऊ के सीएमओ हत्याकाण्ड मामिला में डाक्टर लोग हड़ताल ना कइल
-

बारह तारीख से यूपी के सरकारी डाक्टर अनिश्चितकालीन हड़ताल पर जाये के धमकी दिहले रहुवन बाकिर स्वास्थ्य मंत्री से बतियवला का बाद ओह लोग के हड़ताल शुरु ना हो सकल. अब ऊ लोग सरकार के कुछ अउरी समय देबे के तइयार हो गइल बा. कहल जा रहल बा कि एह हत्याकाण्ड का बाद प्रदेश के स्वास्थ्य विभाग में हो रहल बड़हन घपलेबाजी के जाँच शुरु हो गइल बा जवना में ढेरे डाक्टर फँस सकेले. डाक्टर लोग के शिकायत बा कि हत्या के जाँच गलत दिशा में मोड़ दिहल गइल बा आ हत्या से बेसी जोर घपला के जाँच पर लगा दिहल गइल बा. हालांकि हत्या घपले का चलते भइल आ एगर घपलेबाजी के ठीक से जाँच हो जाव त ओहसे डाक्टरन के कवनो शिकायत ना होखे के चाहीं.

0 Comments

Submit a Comment

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Recent Posts