सीमा सिंह कहे चलली ‘लव यू सजना’
-

भोजपुरी सिनेमा के डांसिंग क्वीन सीमा सिंह के डांस क तड़का अब फिल्म ‘लव यू सजना’ में नजर आई. कृष्णा अमृत फिल्म प्रोडक्शन के बैनर तले निर्माता राजेश विश्वकर्मा आ निर्देशक संजय के फिल्म ‘लव यू सजना’ के सहयोगी निर्माता नवाब विश्वकर्मा अउर सुभाष निषाद हउवें. कार्यकारी निर्माता नागेन्द्र शर्मा बाड़े. एह फिल्म में चर्चित गायक मोहन राठौर अउर नवोदित लक्की क मुख्य भूमिका बा. साथही विरेन्द्र चौहान उर्फ निरहू ओ खास किरदार में बाड़न. नायिका बाड़ी कमसिन बाला सुमन झा. बाकी कलाकार में वंदिनी मिश्रा, अयाज खान, हीरालाल यादव, दिनेश राय, किट्टू अउर प्रमोद गोस्वामी के नाम बा.

कथा यतीन्द्र कुमार के लिखल आ पटकथा संवाद अनिल विश्वकर्मा के. फिल्म के एक से बढ़ि के एक रोमांटिक गीत लिखले बाड़न प्यारेलाल कवि, फणीन्द्र राव आ उमेश अनमोल. संगीत हवे सुनील महिपाल क जोड़ी के. मारधाड़ निर्देशित कइलें हीरालाल यादव. फिल्म के शूटिंग उत्तर प्रदेश के खूबसूरत लोकेशनों पर कइल गइल बा. कैमरामैन हउवन रविराज सिंह आ ध्वनिमुद्रण इंद्रदेव चौरसिया के बा,

डांसिंग क्वीन सीमा सिंह एह फिल्म के आयटम नंबर खातिर खासा मेहनत कइले बाड़ी आ कहली कि बहुते प्यारा बनल बा ई आयटम नंबर


(शशिकांत सिंह रंजन सिन्हा के रपट)

0 Comments

Submit a Comment

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Recent Posts