बरियार चोर सेन्ह मार के बिरहा गावे


नयी दिल्ली, 26 मई (वार्ता). मोदी सरकार के 4 बरीस पूरा होखे का मौका के विश्वासघात दिवस के नाम देत कांग्रेस आजु प्रधानमंत्री नरेंद्र मोदी आ भारतीय जनता पार्टी के अध्यक्ष अमित शाह के जोड़ी के देश ला नुकसानदेह बतावत कहलसि कि एह चार बरीस में आपन कवनो वायदा ना पूरा के भाजपा देश से विश्वासघात कइले बिया.
कांग्रेस के बड़का नेता आ राज्यसभा में नेता-विपक्ष गुलाम नबी आजाद, कांग्रेस महासचिव अशोक गहलोत अउर कांग्रेस के संचार विभाग प्रमुख रणदीपसिंह सुरजेवाला एहिजा कांग्रेस मुख्यालय में बोलावल खास संवाददाता सम्मेलन में कहलें कि मोदी सरकार के राज में देश में केहू अपना के सुरक्षित नइखे बूझत. एह दौरान सेना के ठिकानन पर सबसे बेसी हमला भइल बा आ नाहियो त तीन हजार बेर सामा पार से संघर्ष विराम लाँघल गइल बा.
कांग्रेसी नेतवन के कहना रहे कि मोदी सरकार एह चार बरीस में सभकर चैन छीन लिहले बिया आ चारों ओर डर आ हदस के माहौल बना दिहले बिया. अर्थव्यवस्था ढह गइल बा, किसान परेशान बाड़ें, नवहियन के रोजगार नइखे मिलत, कारोबारियन के कारोबार ठप हो गइल बा, महंगाई आसमान छूवत बिया बाकिर प्रधानमंत्री एह सभ पर गूंगी सधले बाड़न.

0 Comments

Recent Posts

अंजोरिया पर खोजीं -

आपन टिप्पणी, लेख, कहानी, कविता, विचार भेजे खातिर -

anjoria@rediffmail.com

अगर राउर रचना पहिला बेर आ रहल बा त आपन एगो रंगीन पासपोर्ट साइज फोटो साथ में जरूर डाल दीं.

पाठक-पाठिकन के राय विचार प्रतिक्रिया..