‘बल्लू लोहार’ के पोस्ट प्रोडक्शन पूरा

VipinKumar-BalluLohar
माँ सरस्वती काली फिल्म्स आ टॉकीज फ्रेम फिल्म्स के बैनर तर बनल भोजपुरी फिलिम ‘बल्लू लोहार’ के पोस्ट प्रोडक्शनो के काम पूरा हो गइल बा आ अब एकरा रिलीज खातिर सेंसर सर्टिफिकेट खातिर अप्लाईओ क दिआइल बा.

फिलिम के नायक विपिन कुमार एही फिलिम से अपना फ़िल्मी सफर के शुरुआत करत बाड़न. फिलिम ‘बल्लू लोहार’ के पूरा शूटिंग बिहार के मधेपुरा, पूर्णिया आ सिलीगुड़ी में भइल बा.

बल्लू लोहार के निर्माता अभिनन्दन यादव अउर स्वप्न दीप, निर्देशक श्यामचरण यादव, छायाकार बबलू खान, नृत्य निर्देशक अर्जुन, संकलनकर्ता अजय चौहान, आ निर्माण नियंत्रक कृष्ण कुमार मुरारी हउवें.

मुख्य भूमिका में विपिन कुमार, संजना, भावेश आनंद, वीना कदम, अभय शर्मा, विकास, कमरुल खान आ जनार्दन सिंह बाड़े.


(रामचंद्र यादव)

0 Comments

Recent Posts



अंजोरिया पर खोजीं -

आपन टिप्पणी, लेख, कहानी, कविता, विचार भेजे खातिर -

anjoria@rediffmail.com

अगर राउर रचना पहिला बेर आ रहल बा त आपन एगो रंगीन पासपोर्ट साइज फोटो साथ में जरूर डाल दीं.

पाठक-पाठिकन के राय विचार प्रतिक्रिया..