आतंकवाद के कवनो रंग भा मजहब ना होखे कहलन विक्रम सिंह
-

उत्तर प्रदेश के पुलिस महानिदेशक रह चुकल विक्रम सिंह काल्हु गोरखपुर में ब्रह्मलीन महन्त दिग्विजय नाथ के पुण्यतिथि पर आयोजित समारोह में बोलत कहले कि आतंकवाद के राजनीतिकरण राष्ट्रीय सुरक्षा से खिलवाड ह. कहलन कि कवनो मजहब के आतंकवाद पसारे के छूट ना दिहल जा सके. आतंकवाद के पूरा नाशे राष्ट्रधर्म बा. वोट खातिर आतंकवादियन के राजनीतिक संरक्षण दिहल राष्ट्रीय सुरक्षा ला घातक आ देश का साथे दगाबाजी होखी.

विक्म सिंह देश में वोट बैक के राजनीति आ इस्लामी तुष्टीकरण नीति के चिन्ताजनक बतवले.
(वार्ता)

0 Comments

Submit a Comment

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Recent Posts