इंतज़ार करीं ‘बिगुल’ बाजे के
-

अगर रउरा ई मानीलें कि भोजपुरी सिनेमा विश्वस्तर के ना बनेली सँ त इंतज़ार करीं हैदर काजमी, अक्षरा सिंह आ जितेंद्र यादव क मुख्य भूमिका वाली फिल्म ‘बिगुल’ के जवना आपके सोच बदल दी, नमन फिल्म्स के ‘बिगुल’ के एडिटिंग के काम चलत बा. एकर निर्देशक रविकांत के दावा बा कि बिगुल भोजपुरी फिल्म ना ह बलुक अइसन फिलिम ह जवन के भाषा भोजपुरी ह. निर्देशक रवि कांत के दावा बा कि उनका फिल्म में दुनिया के कवनो भाषा के कवनो फिलिम के कवनो फ्रेम के नकल नइखे भइल. एह फिल्म का बारे में सगरी जानकारी छिपावल जात बा, इहाँ ले कि इहो नइखे बतावल जात कि एहमें हैदर काज़मी, अक्षरा सिंह आ जितेन्द्र यादव के किरदार का बा.

कथा पटकथा खुद निर्देशक रविकांत के लिखल ह जबकि संवाद मनोज पांडे आ रविकांत के लिखल. गीत रविकांत आ एस. कुमार के लिखल अउर संगीत नजाकत सुजाद के. एकर फिल्मांकन निर्देशन रूपांग आचार्य के आ प्रोडक्शन डिजाइन संजय यादव के बा, एडीटर हउवें गोपाल राधानी, नृत्य निर्देशक अशोक मयंक आ मारधाड़ निर्देशक हीरा यादव.

‘बिगुल’ में हैदर काजमी, अक्षरा सिंह, जितेन्द्र यादव, श्रेया शर्मा, मनीष खन्ना, संजय कुलकर्णी, कृष्णा गोपाल, सुप्रिया गोपाल अउर संगीता रमन के मुख्य भूमिका बा.


(शशिकांत सिंह रंजन सिन्हा के रपट)

0 Comments

Submit a Comment

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Recent Posts