करंट लगला से फिलिम कैमरामैन के मौत
-

गाजीपुर 25 अक्टूबर (संवाद.) गाजीपुर जिला के कैथवलिया गाँव में भोजपुरी फिलिम के शूटिंग का दौरान कैमरा मैन के बिजली करंट से मौत हो गइल.

बतावल जात बा कि कैथवलिया गाँव में दिनेशलाल निरहुआ के फिलिम “निरहुआ हिन्दुस्तानी” के शूटिंग का दौरान एगो गाना के शूटिंग बस का छत पर से कइल जात रहुवे. बस का उपर से हाईटेंशन तार जात रहुवे जवना पर धेयान ना रहल आ गलती से कैमरा मैन के हाथ उपर उठल त तार से छुआ गइल. हाथ छुआते कैमरामैन हैदराबाद के मदरानगर निवासी चालीस साल के एसके मुत्कर अमर तार से चिपक गइले. उनका के छोड़ावे का कोशिश में कोरियोग्राफर कानू मुखर्जी, सहायक कलाकार संदीप मौर्य, वेकंट राय, आ चिन्नरो करेंट का जद में आ गइले. ई लोग बस से कूद के आपन जान बचावल.

करंट से घवाहिल कैमरामैन के सैदपुर अस्पताल ले जाइल गइल जहाँ डाक्टर उनुका के मरल बता दिहले. बाकी लोग में से एक जने के इलाज खातिर वाराणसी रेफर क दीहल गइल.

0 Comments

Submit a Comment

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Recent Posts