कांग्रेस 2019 में फेरु सत्ता में वापस आई – कहली सोनिया गांधी
-

मुंबई 09 मार्च(वार्ता). कांग्रेस के अध्यक्षा रहल सोनिया गांधी आजु एगो टीवी कार्यक्रम में बोलत नरेन्द्र मोदी सरकार पर जमके हमला बोलली आ कहली कि “अच्छे दिन” के हालो “इंडिया शाइनिंग” जइसन होखे वाला बा आ 2019 में ऊ वापसी करीहें.

विपक्षी गोल के एकजुट करे का कोशिश में लागल कांग्रेस नेता सोनिया गाँधी कहली कि मोदी सरकार के चार बरीस के काम कइला के लमहर चाकर बखान कइल जा रहल बा. सोनिया गाँधी सवाल कइली कि का मोदी के सत्ता संम्हरला से पहिले भारत पूरा तरह से एगो ब्लैक होल रहुवे. का भारत विकास आ महानता ओरि एही चार बरीस में बढल बा. एह तरह के बाजि कइल का हमनी के बुद्धिमत्ता के अपमान ना ह ?

सोनिया गाँधी कहली कि लोकतंत्र में बहस के खुला छूट होखे के चाहीं. आजुकाल्हु बहुते लोग बहुते पीछे छूटल जा रहल बा आ इतिहास के फेरु से लिखे के कोशिश कइल जा रहल बा. देश के मौजूदा राजनीति एगो अलगे दौर से गुजरला के बाति कहत कांग्रेस नेता कहली कि संविधान के सिद्धांतन पर चोट कइल जा रहल बा. सत्ता में बइठल लोगे भड़काऊ बयान दे रहल बा जेहसे अभिव्यक्ति के आजादी पर खतरा बढल जा रहल बा.

0 Comments

Submit a Comment

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Recent Posts