कालेज मे नाम लिखावे जात विद्यार्थी के सड़क हादसा में मौत

गाजीपुर नगर कोतवाली मे आजु पीजी कालेज में नाम लिखवावे जात मेदनीपुर के रामराज यादव के बेटा बाइस साल के सोनू के मौत सड़क हादसा में हो गइल.
पुलिस बतावत बिया कि सोनू एगो जीप का पीछे लटक के सफर करत रहुवे आ पी.जी.कालेज में नाम लिखवावे जात रहुवे. एह बीच आदर्श बाजार का लगे जीप चालक अचके में ब्रेक मार दिहलसि जवना से सोनू के हाथ छूट गइल आ ऊ सडक पर फेंका गइल.
घवाहिल सोनू के जिला अस्पताल ले जाइल गइल जहाँ ओकर खराब हालत देख वाराणसी खातिर रेफर कर दिहल गइल. बाकिर वाराणसी जाए का राहे में ओकर मौत हो गइल.
(वार्ता)

0 Comments

Recent Posts

अंजोरिया पर खोजीं -

आपन टिप्पणी, लेख, कहानी, कविता, विचार भेजे खातिर -

anjoria@rediffmail.com

अगर राउर रचना पहिला बेर आ रहल बा त आपन एगो रंगीन पासपोर्ट साइज फोटो साथ में जरूर डाल दीं.

पाठक-पाठिकन के राय विचार प्रतिक्रिया..