कुशीनगर में स्कूल वाहन ट्रेन से टकराइल, चालक समेत 13 के मौत
-


कुशीनगर, 26 अप्रैल (वार्ता). कुशीनगर के बिशनपुरा इलाका में आजु सबेरे एगो स्कूल वाहन बिना फाटक वाला क्रासिंग पर ट्रेन से टकरा के फेंका गइल. एह हादसा में चालत समेत 13 बचवन के मौत हो गइल आ छह गो बच्चा बहुते घवाहिल हो गइलें जवना में से तीन गो के हालत नाजुक बतावल जात बा.
पुलिस महानिदेशक कार्यालय से मिलल जानकारी का मुताबिक बिशनपुरा इलाका में सबेरे करीब पौने सात बजे सिवान-गोरखपुर रेल खण्ड पर पूर्वी ढाला के बिना फाटक वाला रेलवे क्रासिंग पर डिवाइन पब्लिक स्कूल के टाटा मैजिक वाहन ट्रेन से टकरा गइल. एह हादसा में दस गो बचवन के ओहिजे मौत हो गइल आ दू गो बचवन के बाद में मौत हो गइल. मैजिक वाहन के चालको के मौके पर मौत हो गइल.
छह गो बचवन के अस्पताल में भरती करावल गइल बा जवना में से तीन गो हालत नाजुक बा.
मुख्यमंत्री योगी आदित्यनाथ एह हादसा पर शोक जतवले बाड़न आ मृतक के परिवार वालन के दू दू लाख रुपिया देबे के एलान कइले बाड़न. हादसा के जाँच करावल जाई.

0 Comments

Submit a Comment

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Recent Posts