‘खून भरी मांग’ के पहिला झलक आ भोजपुरी सिनेमा के हलचल
-

KhoonBhariMang-posterसंजय भूषण पटियाला बतावत बाड़न कि ग्रीन चिली मीडिया के बैनर में बनल निर्माता प्रदीप सिंह आ निर्देशक राजकुमार आर पाण्डेय के फिलिम ‘खून भरी मांग’ के पहिला झलक जारी क दिहल गइल. एहमें खेसारी लाल यादव, रिंकु घोष, मनोज पाण्डेय वगैरह मुख्य कलाकार बाड़े.

रामचंद्र यादव बतावत बाड़न कि जीविका फिल्म्स प्रोडक्शन के बैनर में बनत निर्माता मधुवेंद्र पी राय आ निर्देशक इकबाल बख्श के फिलिम ‘राउडी रानी’ के शूटिंग पूरा हो गइल बा. एहमें रानी चटर्जी, अमरीश सिंह, मनोज टाईगर, अभय कुमार, नेहा तिवारी, सोनू, लल्लन सिंह, सोनिया मिश्रा, राहुल, शिवम, सर्वदेव शुक्ल, दीपक भाटिया आ आईटम गीत में सम्भावना सेठ बाड़ी.

ओम साईं संसार एंटरटेनमेंट के बैनर में बने जात पारिवारिक फिलिम ‘बागी भइले सजना हमार’ ला एगो मेलोडी गीत मशहूर पार्श्वगायक कुमार शानू के आवाज में पिछला दिने रिकार्ड करावल गइल. निर्माता विनोद श्रीवास्तव अउर राजेश शुक्ला आ निर्देशक आर के शुक्ला के एह फिलिम के संगीतकार संतोष श्रीवास्तव आ मुख्य कलाकार विराज भट्ट, प्रिंस राजपूत, आम्रपाली, एहसान खान, रोशनी वर्मा, सीमा सिंह, रानू पाण्डेय, सूरज कुमार, अउर अवधेश मिश्रा हउवें. रामचंद्र यादव बतावत बाड़े कि शूटिंग जल्दिए उत्तर प्रदेश में कइल जाई.

रामचंद्र यादव लिख भेजले बाड़न कि सुजीत सिंह प्रोडक्शन के बैनर में बनत फ़िलिम सिंह भईया के शूटिंग के काम पूरा हो गइल बा. निर्देशक आशीष सिन्हा आ संगीतकार अविनाश झा ‘घुँघरु’ के एह फिलिम में मुख्य कलाकार बाड़े सुजीत सिंह, प्रिया शर्मा, धर्मेन्द्र सिंह, संजय वर्मा, माया यादव आ संजय पाडेय.

आर. एम. फिल्म्स प्रा.लि. के बैनर तर निर्माता मुकेश सोनी आ निर्देशक शाद कुमार के पारिवारिक फिलिम ‘एक लैला तीन छैला’ के पोस्ट प्रोडक्शन के काम पूरा हो गइल बा. मुख्य कलाकार बाड़न रानी चटर्जी, अरविन्द अकेला कल्लू, राकेश मिश्रा, धर्मेश मिश्रा, राजू श्रेष्ठा, के के गोस्वामी, सी पी भट्ट, अनूप अरोरा, रिन्कू घोष, पुष्पा वर्मा, मेहनाज़ शर्राफ, साहिल शेख, सीमा सिंह, बालेश्वर सिंह आ संजय पाण्डेय.

नेहा श्री के ‘प्यार कवनों खेल ना ह’ यू पी आ दिल्लीओ में हिट हो गइल बा. रामचंद्र यादव बतावत बाड़न कि 16 मई से उत्तर प्रदेश आ दिल्ली में रिलीज भइल राकेश सिने मिडिया प्रा. लि. के बैनर तर बनल ई फिलिम बिहार आ झारखंडो में सफल रहल रहुवे. नायक खेसारी लाल यादव आ नायिका राजस्थानी सिने स्टार नेहा श्री के एह फिलिम में स्टार गायक से नायक बनल लाडो मधेसिया के उतारल गइल बा.

0 Comments

Submit a Comment

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Recent Posts