गोपालगंज पुलिस के जीप चार जने के कचरलस

मंगल का रात पुलिस गश्ती पर निकलल जीप शहर में कई जगहा दुर्घटना करत चार लोग के कचार दिहलसि. घवाहिलन के इलाज खातिर सदर अस्पताल में भरती करावल गइल जहाँ से हालत खराब भइला पर दू जने के गोरखपुर मेडिकल कॉलेज रेफर कर दिहल गइल. लोग कहत बा कि जीप पर सवार पुलिस वाले नशा में धुत रहलें. एह चलते लहरा के चलत जीप सबसे पहिले जंगलिया मोड़ का लगे एगो बुलेट के धक्का मरलसि, ओकरा बाद अम्बेडकर चौक पर लाल कोठी का नियरा एगो पैदल के धक्का मरलसि. फेर तुरकाहां गांव का लगे अपना दुआरी पर सूतल दू गो आदमी के धक्का मारत आगे जा के एगो गड़हा में पलट गइल. एह से कुछ सिपाहियनो के चोट लागल बा.

एह घटना का खिलाफ खिसियाइल लोग तुरकाहा का लगे जम के हंगामा कइले आ हाइवे जाम कर दिहले. घंटा भर बाद पुलिस ओह लोग के केहू तरह समझा बुझा के जाम हटवलसि.

0 Comments

Recent Posts

अंजोरिया पर खोजीं -

आपन टिप्पणी, लेख, कहानी, कविता, विचार भेजे खातिर -

anjoria@rediffmail.com

अगर राउर रचना पहिला बेर आ रहल बा त आपन एगो रंगीन पासपोर्ट साइज फोटो साथ में जरूर डाल दीं.

पाठक-पाठिकन के राय विचार प्रतिक्रिया..