चारा घोटालाबाज लालू के रिम्स से जेल भेजल जा सकेला

रांची 01 मई. झारखंड में चारा घोटाला मामिला में सजायाफ्ता मुजरिम आ जेल के सजा काटत राष्ट्रीय जनता दल के अध्यक्ष लालू प्रसाद यादव आजु सबेरे कड़ा सुरक्षा का बीच राजधानी एक्सप्रेस से रांची चहुंपल.
दिल्ली में सीधा खड़ा हो के पुलिस वालन के धकियावे वाला लालू यादव राँची में अपाहिज कुर्सी ध लिहलें आ एह सजायाफ्ता मुजरिम लालू के सीधे राजेन्द्र आयुर्विज्ञान संस्थान (रिम्स) ले जाइल गइल. ओहिजा एह कैदी लालू के जाँच करावल जा रहल बा आ एह काम ला डॉक्टरन के एगो टीम बनावल गइल बा.
अखिल भारतीय आयुर्विज्ञान संस्थान (एम्स) में फिट करार दीहल गइल लालू प्रसाद यादव के स्वास्थ्य का बारे में जाने ला होटवार जेल के प्रशासनो रिम्स से संपर्क में बा. अब चूंकि लालू के ब्लड प्रेशर आ शुगर लेवल ठीक मिलल बा त अधिका उमेद बा कि लालू के फेरु जेल के हवा खाए ला भेजल जा सकेला.

0 Comments

Recent Posts

अंजोरिया पर खोजीं -

आपन टिप्पणी, लेख, कहानी, कविता, विचार भेजे खातिर -

anjoria@rediffmail.com

अगर राउर रचना पहिला बेर आ रहल बा त आपन एगो रंगीन पासपोर्ट साइज फोटो साथ में जरूर डाल दीं.

पाठक-पाठिकन के राय विचार प्रतिक्रिया..