छपरा जिला में ईंटा से कूँच के एगो किसान के हत्या
-

सारण जिला के गड़खा इलाका के फेरुसा गांव मे काल्हु देर रात आपसी झगड़ा का चलते एगो संपन्न किसान के ईंटा से कूँच के हत्या कर दिहल गइल.
पुलिस से मिलल जानकारी बतावत बा कि फेरुसा गाँव के पैंतालिस साल के शैलेश कुमार सिंह के कुछ दिन पहिले गाँवही के कुछ लोग से भइल रहुवे. काल्हु देर रात जब ऊ अपना गाड़ी से कहीं जाए खातिर निकललन त पहिले से घात लगा के बइठल लोग उनुका के पकड़ लिहलसि आ ईटा से कूंच कूंच के मुआ दीहले स.
आजु सबेरे पुलिस लाश के पोस्टमार्टम ला छपरा सदर अस्पताल भेज दिहलसि आ शैलेश कुमार के परिवार वालन का शिकायत पर छब्बीस लोग का खिलाफ नामजद मुकदमा लिख लिहलसि. सगरी आरोपी गाँव छोड़ के फरार हो गइल बाड़े सँ आ पुलिस ओहनी के पकड़े ला छापामारी करे में लागल बिया.
(वार्ता)

0 Comments

Submit a Comment

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Recent Posts