जीत लिहलऽ ए मोदी, तू हिन्दुस्तान के नवहियन के
-

modi-at-srccपोसुआ मीडिया आ मोदी विरोधियन के करेजा पर साँप लोटावत गुजरात के मुख्यमंत्री नरेन्द्र मोदी आजु दिल्ली के श्रीराम कॉलेज आफ कॉमर्स में कॉलेज के संस्थापक श्रीराम के स्मृति व्याख्यानमाला में बोलत देश के नवहियन के दिल जीत लिहलें.

बाहर में कुछ विघ्नसंतोषी मोदी का खिलाफ नारेबाजी करे में लागल रहलें. मीडिया ओह लोग के देखावे में आ पुलिस ओहनी के सम्हारे में. बाकिर सभागार में बइठल लोग बस देखत रहे देश के भविष्य के आ ओह भविष्य में अपनो भविष्य के. मोदी कहलन कि आजु देश के पैंसठ फीसदी आबादी के उमर तीस साल से कम बा. यूरोप त बूढ़ा गइल बा. कहलन कि हमनी के दुर्भाग्य बा कि अतना बड़हन संसाधन के हमनी का सही इस्तेमाल नइखीं कर पावत.

मोदी के भाषण सुनला का बाद लागल कि निराशा के गहराई में डूबला के जरूरत नइखे. एगो आदमी सामने बा जे अपना विकास के मॉडल से देश के भविष्य सुधारे ला तइयार खड़ा बा. मोदी कहलन कि अपना विकास के माडल ऊ कृषि, उद्योग आ सेवा क्षेत्र तीनो पर बनवले बाड़न आ तीनो के एक समान रूप से बढ़ावा दिहल जाला गुजरात में. कहलन कि आजु पूरा देश गुजरात के नमक खात बा, गुजरात के दूध पियत बा. एकरा के विकास कहल जाला. अपना भाषण में नरेन्द्र मोदी देश के नवहियन के सपना फेरू से जिया दिहलें.

ई एगो अइसन आदमी के भाषण रहल जवन खाली बकतूत ना करे, ई ना कहे कि हम ई करब, हम ऊ करब. ई आदमी जवन कर देखवलसि तवने बतावत रहल. ओकरा लगे अपना बापदादा, नानी के कहानी ना रहे, अपने काम के ब्योरा रहे. एह भाषण से हमनी का सपना देख सकीलें कि ऊ दिन दूर नइखे जब भारतो विकसित देशन का कतार में खड़ा हो सकी.

लीं रउरो जरूर सुनीं एह भाषण के जवन देश के भविष्य ला दस्तावेज बा.

1 Comment

  1. प्रभाकर पाण्डेय

    एकदम सही कहनी रउआँ. अउर सौ बात के एक बात ‘बाकिर सभागार में बइठल लोग बस देखत रहे देश के भविष्य के आ ओह भविष्य में अपनो भविष्य के.’…….इ राउर कथन ब्रह्म वाक्य बा…आ एतने में सबकुछ रउआँ कही देले बानीं।

    एक्के विकल्प- मोदी।।

    Reply

Submit a Comment

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Recent Posts