जौनपुर के जिला समाज कल्याण अधिकारी गिरफतार
-

जौनपुर जिला के समाज कल्याण अधिकारी दीनानाथ राम के अपराध शाखा टीम आ वाराणसी के आर्थिक अपराध अनुसंधान के निरीक्षक काल्हु सोमार का सँझिया में गिरफ्तार कर लिहले. दीनानाथ राम के आजु मंगल का दिने गोरखपुर के अदालत मे पेश कइल जाई.
साल 2003 मे मऊ जिला मे तैनात दीनानाथ राम पर आरोप बा कि ऊ ओह घरी साढे तेरह लाख रुपिया के छात्रववृत्ति गबन करे में शामिल रहलें.
मामिला के जांच का बाद आरोप पत्र न्यायालय भेजाइल जहाँ न्यायालय दीनानाथ का खिलाफ गैर जमानती वारंट जारी कर दिहलसि. तबले ऊ मिर्जापुर आ गइल रहले. एही बीच जुलाई 2013 मे इनकर स्थानांतरण समाज कल्याण अधिकारी के पद पर जौनपुर मे हो गइल. वारंट तब दुबारा जौनपुर भेजाइल आ उनुका के गिरफ्तार कर लिहल गइल.
(वार्ता)

0 Comments

Submit a Comment

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Recent Posts