टटका खबर
-

(शुक 9 सितम्बर)

  • भोजपुरी अभिनेता रवि किशन के नौकरानी के पंद्रहवीं मंजिल से गिर के मौत. पुलिस जाँच करत बिया कि आत्महत्या रहे कि हादसा. रूबी पिछला दू महीना से उनुका घर में काम करत रहे. मौत के समय रविकिशन बाहर रहले. घर में उनुकर पत्नी रहली. कहल जात बा कि कवनो कारण से रुबी बाथरुम के खिड़की से कूद गइल.
  • तिसरका एकदिना में इंगलैण्ड का सोझा २३५ रन के निशान.
  • लखीमपुर खीरी में मराइल वकीलन के परिजन के पाँच पाँच लाख मुआवजा.
  • गृहमंत्री कहले सगरी हमला रोकल मुश्किल काम. हर हमला के सुराग खोज निकाललो संभव नइखे.
  • दिल्ली विस्फोट के कवनो सुराग अबही ले ना मिलल.
  • सरकार विपक्ष पर संसद के समय खराब करे के आरोप लगवलसि.
  • बरखा से बेहाल हो गइल दिल्ली. बम विस्फोट आ भूकंप का बाद तिसरका आफत.

0 Comments

Submit a Comment

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Recent Posts