दिलीप कुमार आ राजकुमार पाण्डेय के फिल्म मैं नागिन तू नगीना

पिछला साल के ब्लाक बस्टर फिल्म “देवरा बड़ा सतावेला” के निर्माता दिलीप कुमार जायसवाल आ निर्देशक राजकुमार आर पाण्डेय भोजपुरिया पर्दा पर फेर से धमाल मचावे खातिर ले के आ रहल बाड़े एगो नया फिल्म “मैं नागिन तू नगीना” जवना में भोजपुरी अदाकारा पाखी हेगडे नागिन के किरदार आ नौजवान स्टार मनोज पाण्डेय नाग के किरदार कइले बाड़े. नाग नागिन पर बनल एह फिल्म में स्पेशल इफेक्ट्स के खूब इस्तेमाल भइल बा आ फिल्म अब रिलीज खातिर तइयार बा. फिल्म के कलाकारन में प्रदीप पाण्डेय, तान्या, स्वाति वर्मा, अवधेश मिश्रा, संजय पाण्डेय, बृजेश त्रिपाठी, गोपाल राय, बंदिनी मिश्रा, अनूप अरोरा, के के गोस्वामी, पुष्पा वर्मा, रत्नेश बरनवाल, आनन्द मोहन आ सपना सिंह शबनम श्री के नाम शामिल बा. प्यारेलाल यादव, श्याम देहाती आ आर आर पंकज के लिखल गीतन के संगीतबद्ध कइले बाड़न मधुकर आनन्द.


(स्रोत – प्रशान्त-निशान्त)

1 Comment

  1. omprakash amritanshu

    मधुकर जी के बहुत -बहुत बधाई !

    गीतकार :-
    ओ.पी अमृतांशु

Recent Posts