पेशा पर लागल रोक का खिलाफ आयुर्वेदिक डाक्टरन के हड़ताल
-

यूपी में आयुर्वेदिक डाक्टरन के प्रैक्टिस पर लागल तरह तरह के प्रतिबन्ध का खिलाफ आयुर्वेदिक डाक्टर दस जुलाई के देश भर में आपन चिकित्सालय बन्द रखीहें. एह खातिर नीमा के सेंट्रल काउन्सिल गोहार लगवले बिया. काल्हु बलिया में आयुर्वेदिक डाक्टरन के बइठक में एह बन्द के बढ़िया से लागू करे के आ अन्तिम दम तक लड़ाई लड़े के बात कहल गइल बा.

अदालत के आदेश से आयुर्वेदिक डाक्टरन के एलोपैथिक दवाई लिखे से मना कर दिहल गइल बा जवना से ई लोग नाराज बा. अधिकतर आयुर्वदिक डा्क्टर आधुनिक दवाईयन के इस्तेमाल करेलन आ शायदे कबो आयुर्वेदिक दवाई लिखेलें अपना मरीजन खातिर.

0 Comments

Submit a Comment

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Recent Posts