प्यार बिना चैन कहाँ रे सबका के बेचैन कर दिहलस
-

पिछला शुक के रिलीज भइल फिल्म प्यार बिना चैन कहाँ रे बिहार झारखण्ड में दर्शकन के प्यार जीत रहल बा खास कर के मेहरारू दर्शकन के जे एकरा के ढेरे पसन्द कर रहल बाड़ी. बिहार का २५गो सिनेमाघर में एएके साथ रिलीज निर्मात अनंजय रघुराज आ निर्देशक मनोज श्रीपति के ई फिल्म शानदार कलेक्शन बिटोर रहल बिया आ कई गो सिनेमा हाल अबहीं ले हाउसफुल चलत बा.

दर्शकन के पवन सिंह के भोलापन नीमन लागल बा साथ ही विधवा विवाह से जुड़ल कहानी का साथ जुड़ल फिल्म का चलते महिला दर्शक फफक फफक के रोवे लागत बाड़ी. फिल्म के एक्शन दृश्य आ गानो के खूब प्रशंसा हो रहल बा. प्यार बिना चैन कहाँ रे एक बेर फेर साबित कर दिहलसि कि दर्शकन के साफ सुथरा फिल्म पसन्द आवेला जवना के ऊ पूरा परिवार का साथे देख सकस. भोजपुरी सिनेमा बनावे वालन के एह पर बेसि धेयान देबे के चाहीं कि सिनेमा घर में परिवार जुटस आ माहौल बढ़िया रहे.


(स्रोत : प्रशान्त निशान्त)

0 Comments

Submit a Comment

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Recent Posts