फौजी चौदह अक्टूबर के मुंबई में रिलीज होखी
-


बिहार में अपना सफलता के झंडा गाड़ चुकल “फौजी” के मुंबई में पन्द्रह गो थियेटर में रिलीज कइल जा रहल बा. मुंबई में फिल्म के वितरक बाड़े श्रीनाथ जी प्रोडक्शन के राजेश सिंह. पराग पाटील के निर्देशन में बनल एह फिल्म के कहानी आ पटकथा पराग पाटिल लिखले बाड़े, आ संवाद जितेन्द्र सुमन के लिखल ह. संगीत राज सेन आ आरपी ठाकुर के बावे, गीत विनय बिहारी के आ एक्शन मंगल फौजी के बा. नृत्य निर्देशन ओमी के आ कैमरा संचालन जगमिंदर हुण्डाल के हवे. फिल्म के मुख्य कलाकार हउवें शिवम तिवारी, रानी चटर्जी, मनोज टाइगर, सुधीर दली, समीर शेख वगैरह.


(स्रोत समरजीत)

0 Comments

Recent Posts

पाठक-पाठिकन के राय विचार प्रतिक्रिया..