बटला हाउस एनकाउंटर में शहजाद अहमद के दोषी मानल गइल
-

बटला हाउस मुठभेड़ कांड में गिरफ्तार अकेला आतंकी आरोपी आजमगढ़ जिला के शहजाद अहमद के साकेत अदालत दोषी मान लिहलसि आ अब सोमार का दिने ओकरा के सजा सुनावल जाई. याद करीं कि 19 सितंबर 2008 का दिने दिल्ली में भइल बटला हाउस मुठभेड़ में दू गो आतंकी मराइल रहले आ दिल्ली पुलिस के स्पेशल सेल के इंस्पेक्टर एम सी शर्मा के आतंकियन का गोली से मौत हो गइल रहे. मुठभेड़ का बाद फरार शहजाद के पुलिस बाद में ओकरा गाँव से गिरफ्तार कर के ले आइल रहुवे. एह मुठभेड़ में मराइल आतंकी दिल्ली में भइल सिलसिलेवार बम धमाका करवले रहलें जवना में छबीस लोग के मौत हो गइल रहे आ एक सौ तैंतीस लोग घवाहिल भइल रहुवे. एह मुठभेड के कांग्रेस के महासचिव दिग्विजय सिंह फर्जी बतवले रहुवन आ एह पर जम के राजनीतिओ भइल रहे.

बटला हाउस मुठभेड़ में आतिफ आ साजिद मरा गइल रहले आ जुनैद, बशीर, आ साजिद के आरोपी बनावल गइल बा. एगो अउर आरोपी जुनैद के भगोड़ा घोषित कर दिहल गइल बा काहे कि ऊ आ शहजाद हमला कर के भाग निकलल रहले सँ.

0 Comments

Submit a Comment

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Recent Posts