बिहार के बजट पेश ८७६९ करोड़ के घाटा

बियफे का दिने बिहार के साल १३ १४ के बजट पेश कइलें वित्त मंत्री सुशील कुमार मोदी. एह बजट में सबले अधिका खरचा पढ़ाई पर राखल गइल बा जवन कुल खरचा के १५.२९ फीसदी बा. सड़क पर १२.४५ फीसदी, जल संसाधन पर ७.१ फीसदी, आ खेती पर ६.४ फीसदी के खरचा करी बिहार सरकार. इहो कहलन कि पटना में एगो साइंस सिटी खोलल जाई.
एह बजट में औरतन के माली हालत मजबूत बनावे खातिर प्रावधान कइल गइल बा कि ड्राइविंग लाइसेंस राखे वाली औरत अगर कवनो व्यावसायिक वाहन खरीदीहें त उनुका कवनो रोड टैक्स ना देबे के पड़ी. हालांकि एह बजट में व्यावसायिक वाहन पर लागे वाला टैक्स बहुते बढ़ा दिहल गइल बा, कुछ मामिला में २८ फीसदी ले.

0 Comments

Recent Posts

अंजोरिया पर खोजीं -

आपन टिप्पणी, लेख, कहानी, कविता, विचार भेजे खातिर -

anjoria@rediffmail.com

अगर राउर रचना पहिला बेर आ रहल बा त आपन एगो रंगीन पासपोर्ट साइज फोटो साथ में जरूर डाल दीं.

पाठक-पाठिकन के राय विचार प्रतिक्रिया..