बिहार में पूंजी लगावे वालन के सुविधा खातिर मुंबई में कार्यालय

बिहार सरकार राज्य में पूंजी निवेश के बढ़ावा देबे खातिर मुंबई में निवेश आयुक्त कार्यालय खोली जहाँ मुख्यमंत्री महीना के पाँचवा सोमार का दिने मौजूद रहल करीहें उद्योगपतियन आ व्यापारियन ला खास दरबार लगा के. नीतीश कुमार एकर एलान अतवार का दिने कैमूर में एगो सीमेंट कारखाना के उद्घाटन करत कहलन.
सौ करोड़ के लागत से बने वाला एह कारखाना के उत्पादन क्षमता दस लाख टन सालाना के होखी.

0 Comments

Recent Posts