भोजपुरी के आठवीं अनुसूची में शामिल करावे पर राष्ट्रीय बहस
-

पूर्वांचल एकता मंच के तत्वाधान में देश के बहुते भोजपुरी संस्थावन का सहयोग से २ सितम्बर २०११ शुक के साँझ चार बजे से दिल्ली के कंसटीटुसनल क्लब, रफ़ी मार्ग, पर एगो राष्ट्रीय बहस के आयोजन होखे जा रहल बा. एह संगोष्ठी में देश के भोजपुरी इलाकन के सांसद, भोजपुरी साहित्यकार, समाजसेवी, चिन्तक, पत्रकार, शिक्षक, विद्यार्थी आ भोजपुरी भाषा, साहित्य आ संस्कृति के प्रेमी लोग हिस्सा ली.

रउरो से निहोरा बा कि एह राष्ट्रीय बहस में भोजपुरी के उचित मांग के मजबूती प्रदान करे खातिर अपना कीमती समय में से थोड़िका समय निकाल के जरूर पधारी आ आपनो पक्ष एह बारे में रखीं.

जय भोजपुरी

संतोष पटेल
महासचिव, पूर्वांचल एकता मंच, नई दिल्ली
9868152874

3 Comments

  1. Abhishek Bhojpuriya

    हम आ रहल बानी भोजपुरी के आठवी अनुसुची मे सामिल करे खातिर! हमनी के जोर तोर लसे एपर मिल के काम करे के जरुरि बा.

    Reply
  2. amritanshuom

    पूर्वांचल एकता मंच के सोंच लगातार एह दिशा में आगे बढ़ रहल बा ,ई बहुते बढ़िया बात बा भोजपुरी खातिर .हर सदस्य बधाई के पात्र बाडन .आशा बा ई ‘राष्ट्रीय बहस’ आपन मंजिल के ओर अग्रसर होई .
    धन्यवाद !
    ओ.पी.अमृतांशु

    Reply
  3. Santosh Kumar

    swagat ba raura logan ke.
    santosh patel

    Reply

Submit a Comment

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Recent Posts