भोजपुरी पंचायत पत्रिका के सालाना सामारोह
-

BhojpuriPanchayatPatrikaSamarohपिछला १७ अगस्त शनिचर का दिने दिल्ली के कंस्टीच्यूशनल क्लब में भोजपुरी पंचायत पत्रिका के सालाना समारोह के उद्घाटन करत केन्द्रीय गृहराज्य मंत्री आर॰पी॰एन॰ सिंह के कहना रहे कि करोड़ो भोजपुरियन के उमेद जल्दिए पूरा करा दिहल जाई आ भोजपुरी के संविधान के अठवीं अनुसूची में शामिल कर लिहल जाई. बतवलन कि एह ला केन्द्र के मौजूदा युपीए सरकार के पूरा कोशिश बा कि एह बिल के संसद के मौजूदा सत्र में पेश कर दिहल जाव.

स्वागत भाषण करत पत्रिका के संरक्षक डा॰ संजय सिंह कहलन कि भाषा कवनो सभ्यता के पहिला निशानी होले आ कवनो समाज के संस्कृति आ सभ्यता के जान ओकरा भषे में बसेले. भोजपुरी पंचायत पत्रिका के इहे कोशिश बा कि अधिका से अधिका लोग ले भोजपुरी भाषा आ कला-साहित्य पंहुचावल जाव.

कार्यक्रम के अध्यक्षता सांसद महाबल मिश्रा कइनी आ विशेष सानिध्य में महामंडलेश्वर स्वामी जी मौजूद रहनी. एह कार्यक्रम के खास अतिथियन में भोजपुरी गायक भरत शर्मा, मेगा स्टार गायक मनोज तिवारी ‘मृदुल’, भाईजी भोजपुरिया बी॰एन॰ तिवारी, आ पत्रिका के संपादक कुलदीप कुमार मौजूद रहे लोग.

एह मौका पर अनेके लोग के अलग अलग क्षेत्र में कइल काम ला सम्मानितो कइल गइल. केन्द्रीय गृह राज्य मंत्री आर॰ पी॰ एन॰ सिंह, समाज सेवक संजय सिन्हा, भाईजी भोजपुरिया बी॰एन॰ तिवारी आ पूर्वांचल एकता मंच के शिवजी सिंह के भोजपुरी रत्न पुरस्कार दे के सम्मानित कइल गइल. दामिनी के माता-पिता के नारी शक्ति सम्मान से सम्मानित कइल गइल. साथही भरत शर्मा ‘व्यास’ के ‘महेन्द्र मिसिर सम्मान’, मनोज तिवारी ‘मृदुल’ के ‘लोकप्रिय सितारा’, राजकुमार आर पाण्डेय के ‘बेस्ट भोजपुरी निर्देशक’, आ अभय आदित्य सिंह अउर महेन्द्र सिंह के ‘भिखारी ठाकुर’ सम्मान से सम्मानित कइल गइल. मुकेश सिंह, रणजीत सिंह, मो. इरसाद, नरेन्द्र कु. सिंह आ संजय सिंह के ‘भोजपुरी गौरव सम्मान’ दिहल गइल त ‘पत्रकारिता गौरव सम्मान’ से मुकेश सिन्हा, नलिनी रंजन आ बीबीसी के विशेष संवाददाता के दिहल गइल.

आखिर में भोजपुरी पंचायत पत्रिका के संपादक सगरी पाठक पाठिका लोग आ कार्यक्रम के अतिथियन के धन्यवाद दिहले आ वादा कइलन कि भोजपुरी भाषा संस्कृति आ सामाजिक सरोकार के मुद्दा पत्रिका का माध्यम से हमेशा उठावत रहीहें.

0 Comments

Submit a Comment

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Recent Posts