महुआ टीवी पर मनोज तिवारी फिल्मोत्सव

भोजपुरी के पसंदीदा चैनल महुआ टीवी पर भोजपुरी सिनेमा के सुपरस्टारन के बेहतरीन फिल्मन के फिल्मोत्सव मनावल जा रहल बा. एह दौरान हर हफ्ता एगो सुपर स्टार के फिल्म रोज देखावल जाई. अगस्त महीना से शुरु भइल एह शृंखला के पहिला महोत्सव मनोज तिवारी का नामे बा. १ अगस्त से ७ अगस्त का बीच मनोज तिवारी के पन्द्रह ग बेहतरीन फिल्म देखावल जाई.

ई सूचना लिखत घरी तक बलमा ४२०, पूरब, बन्धन टूटे ना,मुन्ना पाण्डेय बेरोजगार देखावल जा चुकल बा. आजु रात साढ़े दस बजे से सौगन्ध देखावल जाई. काल्हु ३ अगस्त के दुपहरिया डेढ़ बजे से देवा आ रात साढ़े दस बजे से पप्पू के प्यार हो गइल, ४ अगस्त के जनम जनम के साथराजा ठाकुर, ५ अगस्त बियफे का दिने प्यार के बन्धनधरतीपुत्र, आ ६ अगस्त शुक का दिने दरोगा बाबू आई लव यूससुरा बड़ा पइसावाला देखावल जाई.


(स्रोत : प्रशान्त निशान्त)

0 Comments

Recent Posts

अंजोरिया पर खोजीं -

आपन टिप्पणी, लेख, कहानी, कविता, विचार भेजे खातिर -

anjoria@rediffmail.com

अगर राउर रचना पहिला बेर आ रहल बा त आपन एगो रंगीन पासपोर्ट साइज फोटो साथ में जरूर डाल दीं.

पाठक-पाठिकन के राय विचार प्रतिक्रिया..