माधोपुर के लड़िकी पिठौरा में अपना प्रेमी संगे धराइल
-

एक हफ्ता पहिले माधोपुर के एगो लड़िकी के परिवार वाले रसूलपुर थाना में मुकदमा दर्ज करवले कि उनुका लड़िकी के अपहरण हो गइल. पुलिस अपना जाँच का बाद जब ओकरा के सिवान जिला के धनौती थाना के पिठौरी गाव से बरामद कइलसि त पता चलल कि उ खुदे अपना प्रेमी राकेश बंसफोर संगे चल गइल रहुवे. दुनू पिछला दू साल से मोहब्बत करत रहले आ बिआहो क लिहले बाड़े.
पुलिस लड़िकी के मेडिकल करा के दुनू के ओकनी के परिवार के सउँप दिहलसि.

0 Comments

Submit a Comment

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Recent Posts