मुंबई में भइल ’नीलकंठ’ के संगीत मुहुर्त
-

आपॅशन आर्ट के बैनर तले बने जात भोजपुरी फिल्म ’नीलकंठ’ के संगीत मुहूर्त मुंबई के स्टुडियो – प्लेटिनम में कइल गइल. फिल्म के लेखक-निर्देशक आर.डी. चौधरी ने नारियल फोड़के मुहूर्त कइलन. बाद में बतवलन कि भोजपुरी में पहिला बेर सुपर नेचुरल पावत पर फिलिम बनावल जात बा ’नीलकंठ’. एह फिलिम में आधुनिक कंप्यूटर ग्रॉफिक्सो के इस्तेमाल कइल जाई. कहलन कि एह पारिवारिक फिलिम में बढ़िया गीत-संगीत आ भरपूर एक्शन, कॉमेडी देखे के मिली.

मुहूर्त के शुभ अवसर पर मुख्य अतिथि श्याम पी. भगत, मनोज मोहित, मधू चौधरी, शरद चन्द्रा जयसवाल, दिनेश यादव, सुमनेश श्री कालजयी, सुनील शाह, सुमित बाबा, गौतम आनंद, रॉबिन खान, इम्तियाज खान, रिज़वान, संजय भूषण पटियाला, अमरनाथ द्विवेदी वगैरह मौजूद रहलें.

फिल्म के सह निर्देशक बिजू पाल, गीतकार कुंदन कुणाल, संगीतकार आबिद जमाल, छायाकार यूनीक डिसूजा, फाईटमास्टर सिंग इज़ किंग, डांस मास्टर हीरा शाह, आ आर्ट डायरेक्टर विजय मयकर हउवें. मुख्य कलाकारन में सुरज के. शाह, डालफिन, अमर ज्योति, डब्लू सिंह, कृष्ण किंचित, योगेश त्रिपाठी, प्रशांत भूषण, लाखन वगैरह बाड़ें.


(संजय भूषण पटियाला)

0 Comments

Submit a Comment

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Recent Posts