सीमा सिंह सोनपुर मेला में डांस कइली
-

सिनेमा भोजपुरी के डांसिंग क्वीन सीमा सिंह पिछला दिने बिहार के चर्चित सोनपुर मेला में आयटम नम्बर कइली. बिहार के सोनपुर मेला दुनिया भर में मशहूर ह आ एके देखे ला लोग दूर-दूर से आवेला. एही विश्व प्रसिद्ध मेला में सीमा सिंह शोभा थियेटर के स्टेज पर डांस कइली. अब रउरा जानल चाहब त जानलीं जे बात एगो फिलिम के होखत बा. सीमा सिंह भोजपुरी सुपर स्टार विनय आनंद संगे एगो फिलिम कइले बाड़ी ‘गुलाब थियेटर’ आ एकरे शूटिंग बिहार के सोनपुर मेला में भइल.

फिलिम के कहानी में सीमा सिंह शोभा नाम के एगो थियेटर डांसर बनल बाड़ी जिनका नाम पर सोनपुर के शोभा थियेटर चलऽता. एही शोभा थियेटर में सीमा सिहं के दू गो आयटम नंबर फिलिमावल गइल बा. एगो के मुखड़ा ह ‘लवंडा बदनाम हुआ नसीबन तेरे लिए…’ एकर ट्रायल देखे वालन के कहना बा कि डांस सचहू झूमा देता.


(शशिकांत सिंह रंजन सिन्हा)

0 Comments

Submit a Comment

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Recent Posts