मुसलमान यादवन के गोल राजद बिहार के 19 सीट पर
-

बिहार के 40 गो लोकसभा सीट में से महज अनइसे सीत पर मुसलमान यादवन के पार्टी राजद आपन उमीदवार खड़ा करी. बाकी के सीट महागठबन्हन के दोसरा गोलन के दिआइल बा.
लालू आ उनका लाल तेजस्वी के आपन बेंवत के थाह लाग गइल बा. ओह लोग के गोल राजद का साथे बस मुसलमान यादव रह गइल बाड़ें. एह चलते बाकी समुदायन के जोड़े का लालच में छोटहनो छोटहन गोलन के बड़ बड़ बखरा देबे के पड़ल बा. एह चलते कांग्रेसो का हिस्सा में महज 9 गो सीट भेंटाइल बा. एगो पर बँवारा गोल, तीन तीन गो पर विइंपा आ हिअद, अउर पाँच गो पर उपेन्द्र कुशवाहा के गोल लड़ी.
लंगड़ी के अलगे बथान बना के आपन जगह बनावे में लागरहल शरदो यादव लालू शरणम् गच्छामि क गइल बाड़न आ उनुका राजद के लालटेने देखा के अपना ला वोट बिटोरे के बा.
अबहीं उमीदवारन के एलान ना त महागठबन्हन का तरफ से भइल बा, ना भाजपा के गोलबन्दी का तरफ से.

0 Comments

Submit a Comment

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Recent Posts