राहुल के राजनीतिक बम से सरकार भकुआ गइल
-

आजु दागी जनप्रतिनिधियन के बचावे वाला अध्यादेश के कांग्रेस उपाध्यक्ष राहुल गांधी बकवास बता दिहले जवना का बाद सरकार भकुआ के रह गइल बिया. कुछ देर पहिले ले अध्यादेश के न्यायपालिका के परिपाटी के अनुरूप आ भाजपा.के दोमुंहापन का चलते मजबूरी बतावत सरकार के खासमखास मंत्री बचाव के मुद्रा मे लउके लगले.

प्रशासनिक सुधार विभाग के एगो वीडियो जारी करे ला शास्त्री भवन के कांफ्रेन्स रूम मे आयोजित संक्षिप्त कार्यक्रम मे संप्रग सरकार के प्रवक्ता आ सूचना प्रसारण मंत्री मनीष तिवारी आ प्रधानमंत्री कार्यालय मे राज्यमंत्री वी नारायणसामी मौजूद रहले, कार्यक्रम का बाद पत्रकारन के पूछळ सवाल पर मनीष तिवारी एकर मजमून बतावे लगले आ नारायणसामी बतावे लगले कि संसद मे जन प्रतिनिधित्व कानून .संशोधन. विधेयक के सर्मथन देबे से भाजपा के वादाखिलाफी का चलते अध्यादेश ले आवल मजबूरी रहुवे.
(वार्ता)

0 Comments

Submit a Comment

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Recent Posts