लूटेरन के पीट के मुआ देबे का केस में पांच सौ लोग पर मुकदमा लिखलसु पुलिस

गोपालगंज जिला के थावे इलाका के केशवपुर गांव में शनिचर का दिने एगो व्यापारी के लूट के भागत लूटेरन के गाँव वाले चहेट के ध लिहलें आ दू गो लुटेरन के पीट पीट के मुआ दिहलें. अब एह मामला में पुलिस पाँच सौ लोग पर मुकदमा लिख लेले बिया. मराइल लूटेरन में से एगो छपरा जिला के बनियापुर इलाका के सोहई साहपुर के गुड्डु सिंह आ दुसरका सिवान जिला के बड़हरिया इलाका के नबीहाता कईल टोला के चंदन साह रहुवे

0 Comments

Recent Posts