लोकसभा चुनाव जल्दिए करावे के माँग कइलसि भाजपा
-
शुक का दिने भाजपा के एगो प्रतिनिधिमंडल राष्ट्रपति प्रणव मुखर्जी से भेट कइलसि आ कहलसि कि देश के खराब आर्थक हालत देखत एह सरकार के चलता कर देबे के चाहीँ आ अगिला लोकसभा चुनाव समय पहिले साल चौदह का बदले एही साल करा लेबे के चाहीं. प्रतिनिधिमंडल के अगुआ लालकृष्ण आडवाणी रहलन. भेट कइला का बाद पत्रकारन से बतियावत आडवाणी फेर एह बात के दोहरवलन आ कहलन कि एकरा संगी आधा दर्जन विधानोसभन के चुनाव करा लिहल जाव जवनन के चुनाव के समय आ गइल बा.

0 Comments

Submit a Comment

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Recent Posts