विक्रांत के वाह वाह

कर्तव्य के सफलता का बाद नया सितारा विक्रांत के चारो ओर वाह वाह हो रहल बा आ निर्माता निर्देशक लोग विक्रांत के धड़ाधड़ साइन करत बाड़े. कुरुक्षेत्र फिल्मो में विक्रांत के काम के ओतने वाह वाह हो रहल बा. उनुकर आवे वाली फिल्मन में रवि सिन्हा निर्देशित “ऐलान ए जंग”, निरहुआ का साथे “बिदेसिया”, जगदीश पाण्डे का निर्देशन में “हमार लभ स्टोरी”, आ अभिलाष शर्मा के “अचल रहे सुहाग” शामिल बाड़ी सँ जवनन के रिलीज जल्दिये होखे जा रहल बा.


(स्रोत – प्रशान्त निशान्त)

0 Comments

Recent Posts