सपा नेता मोहन सिंह के अंतिम संस्कार हो गइल

सपा के राष्ट्रीय महासचिव आ राज्यसभा सदस्य मोहन सिंह के अंतिम संस्कार आजु देवरिया के जयनगर में सरयू किनारे गौराघाट पर कर दिहल गइल. आग देबे के काम उनकर नाती प्रतीक सिंह कइलन.

एह मौका पर सपा अध्यक्ष मुलायम सिंह, वरिष्ठ मंत्री शिवपाल सिंह यादव, विधानसभा अध्यक्ष माता प्रसाद पाण्डेय, आ मंत्रीगण शंखलाल माझी, नारद राय, आ राजकिशोर सिंह समेत अनेके विधायक, नेता, आ सामान्य नागरिक मौजूद रहले.

समाजवादी नेता मोहन सिंह के निधन 22 सितम्बर के कैसर का बीमारी से दिल्ली मे हो गइल रहुवे.
(वार्ता)

0 Comments

Recent Posts

अंजोरिया पर खोजीं -

आपन टिप्पणी, लेख, कहानी, कविता, विचार भेजे खातिर -

anjoria@rediffmail.com

अगर राउर रचना पहिला बेर आ रहल बा त आपन एगो रंगीन पासपोर्ट साइज फोटो साथ में जरूर डाल दीं.

पाठक-पाठिकन के राय विचार प्रतिक्रिया..