अवधेश मिश्रा बन गइलें किन्नर ज्वाला बाई

भोजपुरिया खलनायिकी के सिरमौर अवधेश मिश्रा एगो किन्नर वाला खतरनाक लुक में जल्दिए दर्शकन का सोझा आवे वाला बाड़न भोजपुरी फिल्म “ज्वालामंडी – एक प्रेम कहानी” में. निर्माता राजू सिंह आ निर्देशक जगदीश शर्मा के एह फिल्म में अवधेश मिश्रा ज्वालाबाई नाम के एगो किन्नर बनल बाड़न जे एगो कोठा के मालकिन हवे. अवधेश मिश्रा के अदा अउर संवाद अतना खतरनाक बा कि दर्शक उनुका के सरापे गरियावे पर मजबूर हो जइहें. रवि किशन आ रानी चटर्जी के मुख्य भूमिका का बावजूद फिल्म के केंद्र बिंदु अवधेशे मिश्रा बाड़न. हाल ही में फिलिम के ट्रायल शो में खुद रवि किशन अवधेश मिश्रा के अभिनय के जम के तारीफ करत कहलें कि ज्वाला बाई के किरदार में अवधेश मिश्रा से बेहतर केहू दोसर होईए ना सकत रहे.

फिल्म के निर्देशक जगदीश शर्मा के कहना बा कि अवधेश मिश्रा ज्वालाबाई के किरदार में अपना के पूरा से डुबा लिहले बाड़न. भोजपुरी के लगभग हर अवार्ड शो बेहतरीन खलनायक के अवार्ड पा चुकल अवधेश मिश्रा ला ज्वाला बाई के किरदार चुनौती जस रहल बाकिर निर्देशक जगदीश शर्मा आ रवि किशन उनुका किरदार के सँवारे में कवनो कसर ना छोड़लें.

भोजपुरिया परदा पर १३ जुलाई के दस्तक देबे जात एह फिल्म में रवि किशन, रानी चटर्जी, विजय, लवी रोहतगी, गोपाल राय अउर बृजेश त्रिपाठी मुख्य भूमिका में बाड़ें. कथा पटकथा मनोज हंसराज के, संवाद सुरेन्द्र मिश्रा के, आ संगीत राजेश रजनीश के बा.


(रंजन सिन्हा के रपट)

0 Comments

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।