निरहुआ से जूड़ल कुछ खबर
-

मिथिला टॉकिज के फिल्म गुमराह में निरहुआ

सिनेमा भोजपुरी के अगिला पाँत वाला निर्माण कंपनियन में शूमार मिथिला टॉकिज आ निर्माता मनोज चौधरी के अगिला फिलिम गुमराह में भोजपुरी महाअभिनेता दिनेशलाल यादव ‘निरहुआ’ नायक बाड़ें. मिथिला टाकीज के ‘गुंडईराज’ आ चुकल बा आ ‘डकैत’, ‘राखेला शान भोजपुरिया जवान’ जइसन फिलिम जल्दिए रिलीज होखे वाला बाड़ी सँ.

फिलिम ‘गुमराह’ में निरहुआ प्रमुख भूमिका में आ साथ में मोनालिसा, प्रतिभा पाण्डे, दिपक भाटिया, बृजेश त्रिपाठी, मनीष चतुर्वेदी खास भुमिका में बाड़ें. निर्देशक हउवें बाली. फिलिम के शूटिंग राजपीपला (गुजरात) में होखत बा. मिथिला टॉकिज के राजू निर्देशित फिल्म ‘कुर्बानी’ओ में निरहुआ के मुख्य भूमिका बा.

बूड़बक बनावे के कोशिश से सावधान रहे के जरूरत बतवलें निरहुआ

निरहुआ अपना प्रशंसकन के सावधान कइले बाड़ें कि कुछ निर्माता उनुका पुरान फिलिमन के नाम बदल के दर्शकन के बेवकूफ बनावे के कोशिश करत बाड़ें. अइसनका फिलिम देखला के जरूरत नइखे. साथ ही कहले बाड़न कि उहो अइसन निर्माता लोग का फिलिम में काम ना करीहें जे अइसन काम करत बाड़ें. अइसनके एगो फिलिम आवे वाली बा “गोला बारूद” जवन उनकर पुरनका “विधाता” फिलिम के बदलल नाम भर ह.


(प्रशांत निशांत के रपट)

0 Comments

Submit a Comment

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Recent Posts