रमाकांत प्रसाद के हिट पर हिट
-

भोजपुरी परदा पर हिट पर हिट फिलिम देबेवाला निर्माता-निर्देशक हउवें जिनकर बनावल आ निर्देशित हर फिलिम सफलता दर्ज करेले. ई बात हम नइखीं कहत बॉक्स ऑफिस के आँकड़ा कहत बा. रामाकांत प्रसाद के हाल में रिलीज ‘जानवर’ फिलिमो बिहार में शानदार बिजनेस करत बिया. विराज भट्ट अभिनीत एह फिलिम के ओपनिंग शानदार रहल. एहसे पहिले रिलीज भइल ‘जान तेरे नाम’ एह साल के सबले बड़ हिट बन चुकल बिया. रामाकांत प्रसाद के हिट फिलिमन में ‘दीदी तोहर देवर दिवाना’, ‘लागल रह राजा जी’, ‘दिवाना’, ‘दाग’, ‘दिलजले’, ‘लड़ाई लऽ अंखिया……’, ‘बारूद’, ‘जान तेरे नाम’ आ ‘खून पसीना’ का बाद हालिया प्रदर्शित ‘जानवर’समेत दस गो फिलिमन के नाम शामिल बा.

दर्शक रामाकांत प्रसाद के फिलिमन के पहिलही से तिकवत रहेलें. अपना एह सफलता से उत्साहित रामाकांत प्रसाद दर्शकन से आभार जतवले बाड़न.


(प्रशांत निशांत के रपट)

0 Comments

Submit a Comment

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Recent Posts