परदा पर चालू बा राजकुमार पाण्डेय के जादू
-

भोजपुरी पर्दे पर सबले अधिका सुपरहिट फिलिम देबे वाला राजकुमार पांडेय के जादू एक बेर फेर भोजपुरी परदा पर चलत बा. उनकर हालिया प्रदर्शित मल्टीस्टारर फिल्म ‘‘सौंगध गंगा मईया के’’ बिहार में शानदार बिजनेस बटोरत बिया. चऊथो हफ्ता में एकरा देखे ला भारी भीड़ जूटत बा खास कर के औरतन के.

पिछला दिने राजकुमार पाण्डेय के मॉरीशस में भइल अंतर्राष्ट्रीय भोजपुरी फिल्म महोत्सव में भोजपुरी सिनेमा ला बढ़िया काम करे खातिर सम्मानित कइल गइल.

एह घरी राजकुमार पांडे रानी चटर्जी संग अपना नयकी फिलिम ‘नागीन’ लेके व्यस्त बाड़ें.


(प्रशांत निशांत के रपट)

0 Comments

Submit a Comment

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Recent Posts