अउरी बिंदास भइली रिंकू घोष
-

पेशेवर अंदाज खातिर जानल जाए वाली आ सिनेमा भोजपुरी के ड्रीमगर्ल रिंकू घोष अब अउरियओ बिंदास हो गइल बाड़ी आ छरहर पातरो. रिंकू घोष आपन वजन बहुते घटा लिहले बाड़ी. स्क्रिप्ट के डिमांड होखे त ऊ कइसनो सीन देबे से पीछे ना हटसु आ एकर झलक फिल्म ‘केहू हमसे जीत ना पाई’ में ऊ देखाइओ दिहले बाड़ी. फिल्म फेयर में अइला क बाद त रिंकू घोष पूरे बदल गइल बाड़ी.

हाल में रिंकू घोष एगो अइसन फिलिम साइन कइले बाड़ी जवना के किरदार लोग के ‘एतराज’ वाली प्रियंका चोपड़ा भा ‘फैशन’ वाली कंगना रानावत के रूप में लउकी. तय बा कि एह फिलिम से पहिलहू अनेके अवार्ड जीत चुकल रिंकू घोष के ब्रांड वैल्यू अउरी बढ़ जाई.


(शशिकांत सिंह रंजन सिन्हा के रपट)

0 Comments

Submit a Comment

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Recent Posts