संगीता तिवारी ने धूमधाम से मनवली आपन जन्मदिन

भोजपुरी सितारन के आपन जन्मदिन मनावे के परंपरा आम तौर पर नइखे रहल. कबहिये कभार कवनो सितारा आपन जन्मदिन धूम धाम से मनावेला. लेकिन भोजपुरी फिल्म जगत के चर्चित अभिनेत्री संगीता तिवारी पिछला साल का तरह एहू साल आपन जन्मदिन धूम धाम से मनवली.
१४ अगस्त के मुंबई का कंट्री क्लब में आयोजित एह समारोह में भोजपुरी फिल्म जगत के कई नामी गिरामी अभिनेता, निर्माता निर्देशक आ तकनीशियन उनुका के बधाई देबे चहुँपले. देर रात समारोह खतम होखत होखर रविओ किशन चहुँप गइले. रवि किशन के अलावा सुदीप पाण्डेय, संजय सिंह, ब्रिजेश त्रिपाठी, अनिल नागरथ , स्मृती सिन्हा, अक्षरा, कृषा खंडेलवाल, सुनीता तिवारी, अजय श्रीवास्तव, अरविन्द चौबे, मुकेश देव, दीपक तिवारी, राजेश भट्ट, भूपेश त्यागी, पप्पू खन्ना, रिक्की गुप्ता समेत बहुते जानी मानी हस्ती एह समारोह में आपन मौजूदगी देखावल. महुआ के डांस शो नाच नचैया धूम मचैया के निर्देशक अशोक सिंह, आ क्रिएटिव हेड आनंद श्रीवास्तवो मौजूद रहले.


(स्रोत – उदय भगत)

0 Comments



अंजोरिया पर खोजीं -

आपन टिप्पणी, लेख, कहानी, कविता, विचार भेजे खातिर -

anjoria@rediffmail.com

अगर राउर रचना पहिला बेर आ रहल बा त आपन एगो रंगीन पासपोर्ट साइज फोटो साथ में जरूर डाल दीं.

Recent Posts

पाठक-पाठिकन के राय विचार प्रतिक्रिया..

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।