राजद विधायक दल के नेता ना चुनल जा सकल

राजद के दू दावेदार : मीसा आ तेजस्वी


आजु शुक का दिने पटना में बोलावल गइल राजद विधायक दल के बइठक में विधायक दल के नेता चुने का बात पर आम सहमति ना बन सकल आ मामिला लालू प्रसाद पर छोड़ दीहल गइल कि उहे तय करसु कि के होखो विधायक दल के नेता. लालू प्रसाद के नजर अपना परिवार का बाहर आजु ले नइखे गइल. पिछला बेर जब जेल जाए का चलते मुख्यमंत्री पद से हटे के पड़ल रहुवे तबहियों अपना मेहरारूए लउकल रहली उनुका आ राबड़ी देवी के मुख्यमंत्री बना दिहले रहलन. अबकी झगड़ा परिवार का भितरे से बा. राजशाही के हिसाब से तेजप्रताप यादव के पहिला हक बनत बा बाकिर तेजस्वी भारी लउकत बाड़न. ओने मीसा भारती के मनसो सामने बा. उहो चाह बाडी कि मौका बा त ओकर फायदा काहे ना उठा लीहल जाव. महागठबन्हन के सबले बड़का दल होखला का नाते राजदे के नेता के मुख्यमंत्री पद मिले के चाहीं. बाकिर जबान दे के फँसल बुझात बाड़ें लालू प्रसाद से आजु के विधायक दल के बइठक में आपन नेता ना चुन पावे वाला लोग महागठबन्हन के नेता खातिर नीतीश के नाम तय क लीहल.

अब राजद विधायक दल के बइठक काल्हु फेर राबड़ी देवी के आवास पर बोलावल गइल बा जवना में लालू बतइहें कि के नेता रही. आजु पत्रकारन के सवाल महटियावत कहलन कि ऊ उनुका होशोहवास बा आ ऊ समय पर तय कर लीहें नाम.

बइठक में अपना ‘सहयोगी’ मीडिया वालन के धन्यवाद दीहल गइल आ ‘सहयोग’ ना करे वाला मीडिया वालन के शरीफ इशारा क दीहल गइल कि उमेद बा कि आगे से उहो लोग सहयोग करी. महागठबन्हन के सरकार बने का पहिलही अचानके बिहार में अपराध आ हिंसा के खबर आइल तेज हो गइल बा आ अपना राजनीतिक विरोधियन का खिलाफ हिंसा में लाग गइल बाड़ें समर्थक.

देखल जाव नीतीश एह ‘सिंहासन’ पर कतना आराम से बइठ पावत बाड़न.

0 Comments

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।