इस्लामी स्टेट के आतंकी हमला से फ्रांस में डेढ़ सौ लोग मरल
-

दुनिया भर में बरबादी के पैगाम ले आवे वाला इस्लामी आतंकी गिरोह इस्लामिक स्टेट के करावल आतंकी हमला से फ़्रांस के राजधानी पेरिस में नाहियो त डेढ़ सौ लोग के जान चल गइल बा. आजु सबेरे भइल सीरियल धमाका सात जगहा करावल गइल. एगो समारोह में शामिल लोग के घेर के बन्हक बना लिहले सँ आतंकी आ ओहिजा मौजूद एक सौ लोग के हलाक कर दिहले सँ.
एह सीरियल धमाका से करीब दू सौ लोग घवाहिलो भइल बा जवना में से कुछ अउर लोग के मौत हो सकेला आ मरेवालन के गिनिती बढ़ सकेला.
एह धमाका का बाद फ्रास में आपातकाल के एलान हो गइल बा आ फ्रांस आपन सीमा बंद कर दिहले बावे जेहसे कि कवनो अपराधी के भागे के राह ना मिले. वइसे कहल जात बा कि जवाबी कार्रवाई में आठ गो आतंकियन के मार गिरावल गइल बा.
एह घिनौना आ जंगली करतूत के सगरी दुनिया निंदा करत बिया. भारत के पीएम मोदीओ एह घटना पर शोक प्रकट कइले बाड़न आ कहले बाड़न कि पेरिस से आवत खबर भयावह आ पीडा़ देबेवाली बा. दुख के एह घड़ी में हमनी का फ्रांस का साथे बानी जा.

0 Comments

Submit a Comment

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Recent Posts