'जान तेरे नाम' से अपना के खलनायक साबित करा लिहलन नीरज राज

खेसारी लाल यादव आ विराज भट्ट अभिनीत सुपर हिट फिल्म ‘जान तेरे नाम’ बिहार का बाद मुंबईओ में सफलता के परचम लहरा दिहलसि जवना से भोजपुरी सिनेजगत में ख़ुशी के लहर फ़इल गइल. दर्शकन के प्यार से फिल्म सुपर हिट हो गइल. एह फिल्म में नीरज राज के निभावल किरदार के दर्शक बहुते पसन्द कइलें. आ नीरज राज खलनायकी में अपना के स्थापित करा लिहलन. एह निर्माता-निर्देशक रमाकांत प्रसाद हउवें आ मुख्य भूमिकन में विराज भट्ट, खेसारी लाल यादव, तनुश्री चटर्जी, प्रिया शर्मा, ब्रिजेश त्रिपाठी अउर नीरज राज बाड़ें.

नीरज अबहीं हालही में मैथिली सुपर स्टार विजय कामत अभिनीत आ उपेन्द्र वर्मा के निर्देशित फिल्म ‘क़यामत’ के शूटिंग बिहार में पूरा कइलन. एहमें नीरज के किरदार कामेडी हीरो के बा. अउरी मुख्य भूमिकन में विजय कामत, रिंकी शेट्टी, किरण कुमार, रजा मुराद, अली खान अउर दीपक भाटिया बाड़ें. एकरे अलावे नीरज मैथिली फिल्म ‘बिकल दुलहा मौगी के गुलाम’ में झबरा बाबा नाम के मुख्य खलनायक बनल बाड़ें. एह फिल्म के निर्माता- निर्देशक आ नायक खुद विजय कामत बाड़ें आ नायिका हई रिंकी शेट्टी.

नीरज राज के बाली निर्देशित ‘मर्द तांगे वाला’, फारूख सिद्दिकी निर्देशित ‘वर्दी वाला गुण्डा’, आ दिनेश यादव निर्देशित ‘धडकेला तोहरे नावे करेजवा’ वगैरह जल्दिए रिलीज होखे वाली बाड़ी सँ.


(अपना न्यूज़ के रपट)

0 Comments

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।