मिथिला टॉकीज का साथे पवन सिंह के हेट्रिक
-

भोजपुरिया गायकी के सिरमौर आ सुपर स्टार पवन सिंह भोजपुरी फिल्म निर्माण कंपनी मिथिला टाकिज संगे आपन हेट्रिक पूरा लिहलन. हाल ही में पवन सिंह “राखेला शान भोजपुरिया जवान” के शूटिंग कइलन जवन मिथिला टाकिज संगे उनकर तिसरकी फिलिम हवे आ तीनों में पवन सिंह मुख्य भूमिका में बाड़न. मिथिला टाकिज संगे पवन सिंह के पहिलका फिलिम रहल रवि भूषण निर्देशित गुंडईराज, दुसरकी रहल रविए भूषण का निर्देशन में बनल “डकैत”. ई फिलिम जल्दिए रिलीज होखे वाली बा. एह फिल्म में डकैत पवन सिंह के साथ देबे वाला कलाकारन में मोनालिसा, प्रतिभा पाण्डेय, चांदनी चोपड़ा के नाम बा. “राखेला शान भोजपुरिया जवान” के खासियत ई बा कि एह फिलिम से पवन सिंह संगीत निर्देशन शुरू कइले बाड़न. एह फिलिम के नायिका बाड़ी प्रतिभा पाण्डेय आ बाकी मुख्य किरदारन में बृजेश त्रिपाठी, मनोज टाइगर, दिलीप सिन्हा, गौरी शंकर, मनीष चतुर्वेदी वगैरह के नाम बा. फिलिम अब जल्दिए रिलीज होखे के तइयारी में बा.


(अपना न्यूज़ के रपट)

0 Comments

Submit a Comment

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Recent Posts