'लक्ष्मण रेखा' पार करत 'धूम' मचावत 'कोठा' चहुंपली गुंजन पन्त
-

नैनीताल की खूबसूरत बाला, मनमोहिनी काया के मल्लिका, भोजपुरी सिनेमा के स्टार नायिका गुंजन पन्त आजु के व्यस्त नायिका लोगन का दौड़ में सबले आगा हो गइल बाड़ी. एह साल गुंजन के अभिनय से सजल अनेके फिलिम रिलीज होखे वाली बा आ कई एक फिलिमन के शूटिंग में गुंजन लगातार लागल बाड़ी.

पिछला दिने उत्तर प्रदेश के पावन तीर्थस्थली ‘काशी’ (बनारस) में मनोज गिरी निर्देशित फिल्म ‘लक्ष्मण रेखा’ के शूटिंग कइली गुंजन. एकरा बाद बिहार में गुंजन पन्त अभिनीत फिल्म ‘धूम मचईला राजा जी’ के धूमधाम से प्रदर्शन भइल. ई फिल्म सिनेप्रेमियन के नीक त लागबे कइल गुंजन के अभिनय आ सुन्दरतो के खूबे सराहना भइल आ अब गुंजन बाबा का दलान इंटरटेनमेंट के बैनर में बनत फिल्म “कोठा” के शूटिंग मुंबई के स्वप्न नगरी सुर्वेफ़ार्म, पनवेल में करत बाड़ी. एह फिलिम के निर्देशक बाड़ें मनोज श्रीपति झा.

कोठा में गुंजन पन्त पहिला बेर न्यूज रिपोर्टर का किरदार में एगो नया लुक में नजर अइहें. एहमें दर्शक देखीहें कि मीडियाकर्मी कइसन-कइसन हालात से गुजर के पब्लिक तक खबर चहुँपावेलें. गुंजन बतवली कि एह किरदार के जियतार बनावे खातिर ऊ पन्द्रह दिन ले फाईट आ ढेरहन स्टंट सिखली, काहेकि एह किरदार में उनुका मोटर साईकल चलावे, जुर्म-अत्याचार के खिलाफ लड़ाई लड़े आ कोठा पर रहत औरतन पर होखत जुल्मों-सितम से ओहनी के बचावहुं के बा. कहली कि एह फिलिम में उनुकर ढेरे रंग देखे के मिली जवन उनुका ला चैलेंजो रहल बाकिर ऊ नर्वसइली ना काहे कि एहला ऊ पहिले से तइयार रहली.

फिल्म ‘कोठा’ में गुंजन पन्त के अलावा रिंकू घोष, मोनिका बत्रा, आनद मोहन, जय सिंह नीलिमा सिंह आ संजय पाण्डेय अउर नवोदित पवन कुमार झा मुख्य कलाकार बाड़ें.


(अपना न्यूज़ के रपट)

0 Comments

Submit a Comment

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Recent Posts